rural-ballot-2024-bho

Jul 03, 2024

गांव-देहात में भोटिंग 2024

दुनिया के सबले बड़ लोकतंत्र नयका सरकार बनावे खातिर मतदान कर रहल बा. भोटिंग 19 अप्रिल से 1 जून, 2024 ले चली. पारी के पूरा ध्यान गांव-देहात में बसल भारत पर रहेला. एहि से ऊ इहंवा के अलग-अलग निर्वाचन क्षेत्र में गइल, आउर समझे के कोसिस कइलक कि गांव-देहात में भोट के पीछे कवना तरह के प्रेरणा काम करत बा. हमनी के पत्रकार लोग किसान, खेतिहर मजूर, बनवासी, प्रवासी आउर हाशिया पर रहे वाला लोग से भेंट कइलक आउर जनलक कि ओह लोग के सबले बड़ संघर्ष बुनियादी जरूरत के खातिर बा. ओह लोग के सबसे जादे घर, खेत में पानी आउर बिजली आवे, बच्चा लोग के रोजी-रोटी कमाए के अवसर भेंटाए के चिंता बा. एकरा अलावे अइसनो मतदादा लोग मिलल जे राजनीतिक एजेंडा चलते बनल सांप्रदायिक तनाव के माहौल में आपन जिनगी आ आपन सुरक्षा खातिर चिंतित रहे. हमनी के कुल कवरेज इहंवा पढ़ल जा सकेला

Want to republish this article? Please write to zahra@ruralindiaonline.org with a cc to namita@ruralindiaonline.org

Author

PARI Contributors

Translator

PARI Translations, Bhojpuri